Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

सपा आ भाजपा आपस मे मिलल बाड़े, कहली मायावती


लखनऊ 09 नवम्बर (वार्ता) बसपा अध्यक्ष आ उत्तर प्रदेश के पहिले मुख्यमंत्री रहल मायावती आरोप लगवली कि समाजवादी पार्टी आ भारतीय जनता पार्टी अपना में मिलल बाड़े आ दुनु फिरकावाराना जहर फैलावत वोट के ध्रुवीकरण करावे मे लागल बाड़े.

कहली कि भाजपा मे लाल कृष्ण आडवाणी, नरेन्द्र मोदी आ राजनाथ सिंह मे मतभेद बा एह तिकडी के आपसी लडाई के फायदा बसपा के मिली. दावा कइली कि लोकसभा चुनाव के बाद बसपा के भूमिका देश के राजनीति मे अहम होखी.

मायावती कहली कि बसपा लोकसभा चुनाव अकेले अपने दम प लडी. कांग्रेस भा भाजपा से बसपा के अन्दरुनी समझौता के बात झूठे पसारल जात बा आ ई एगो सोचल समुझल राजनीतिक साजिश ह.

Tags: ,

More Stories From राजनीति

%d bloggers like this: