Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

उत्तर प्रदेश मे मोदी के कवनो असर नइखे आ सरकार तिसरके मोर्चा के बनी, कहलन मुलायम


हरदोई 10 नवम्बर (वार्ता) सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव कहलन कि उत्तर प्रदेश मे नरेन्द्र मोदी के कवनो असर नइखे आ केन्द्र में अगिला सरकार तिसरके मोर्चा के बनी.

मुलायम यादव एहिजा नरेश अग्रवाल के पोता आ प्रदेश सरकार मे राज्यमंत्री नितिन अग्रवाल के बेटा के नामकरण संस्कार समारोह में शामिल होखे आइल रहलन आ संवाददातन से बतियावत रहले.

कहलन कि मोदी के परेशानी सपे से बा तबहिए सपा पर अनर्गल आरोप लगावत बाड़न, कहलन कि तिसरका मोर्चा अबही बनल नइखे बाकिर अबकी का लोकसभा चुनाव मे एकरे बढ़त रही काहे कि कांग्रेस भा भाजपा के बहुमत नइखे मिले वाला.

बेनी के बयान पर मुलायम कहलन कि पहिले उ आपन खुद के सीट निकाल लेसु तबे राज्य के रिजल्ट प बात करसु. पिछला दिने बेनी कहले रहले कि यूपी में सपा के महज दू गो सीट मिल पाई.

Tags: ,

%d bloggers like this: