web analytics

चुनाव आयोग से मोदी का बारे में ओरहन दिहलसि कांग्रेस

इंदौर 10 नवंबर (वार्ता) भाजपा से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के 07 नवंबर का दिने छत्तीसगढ के राजनंदगांव के चुनावी सभा मे दीहल भाषण में कांग्रेस के चुनाव चिन्ह पंजा के खूनी पंजा कहला पर कांग्रेस चुनाव आयोग से उनकर ओरहन दिहले बिया,

कांग्रेस के कहना बा कि चुनाव चिह्न का बारे मे अइसन तंज कस के मोदी आयोगो के मान हरले बाड़न आ एहतरह के भाषण आयोग के नियमावली लँघले बावे. एहसे चुनाव आयोग मोदी का खिलाफ कार्रवाई करे.

एकरा पहिले भाजपा कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी का बारे में आयोग के ओरहन कइले रहे जवना पर राहुल के नोटिस भेजाइल रहे. राहुल ओह नोटिस के जवाब दे दिहले बाड़न जवना पर आयोग अबही ले कवनो फैसला प नइखे चहुँपल.

 347 total views,  5 views today

%d bloggers like this: