छत्तीसगढ के 18 विधानसभा इलाकन मे मतदान शुरू बा

रायपुर 11 नवंबर (वार्ता) छत्तीसगढ के धुर नक्सली इलाका बस्तर के 12 गो सीट समेत 18 गो विधानसभा सीट ला आजु सबेरे से वोट डलाए लागल बा. सुरक्षा बन्दोबस्त पूरा चउकस बा.

राज्य के मुख्य निर्वाचन अधिकारी कार्यालय से मिलल जानकारी बतावत बा कि मतदान शांति से चलत बा. बस्तर संभाग के 12 गो आ राजनांदगांव के मोहला मानपुर सीट पर सबेरे सात बजे से वोट डलात बा आ तीन बजे खतम हो जाई जबकि बाकी पाँच गो सीट ला सबेरे आठ बजे से साँझ पांच बजे ले वोट डलाई.

एह चरण में 12 गो सीट अनुसूचित जनजाति आ एगो अनुसूचित जाति ला आरक्षित बा. बाकी पांच गो सीट सामान्य कोटा के ह. एह चरण में 29 लाख 33 हजार 200 मतदाता वोट डलीहें आ एहमें औरतन के गिनिती अधिका बा.