देश के इतिहास भूगोल बदले ला कांग्रेस के जिम्मेदार ठहरवले नरेन्द्र मोदी
November 11, 2013
अहमदाबाद. 10 नवम्बर (वार्ता) पिछला दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह छत्तीसगढ मे अपना भाषण में भाजपा नेता नरेन्द्र मोदी पर तंज कसले त ओकरा जवाब में एक एक लाइन पर नरेन्द्र मोदी ओहले बढ़ के जवाब दे दिहलन.
मोदी कहलन कि एगो परिवार के खुश करे खातिर कांग्रेस देश के इतिहास आ भूगोल बदल दिहलसि. कहलन कि देश के बँटवारा के कइल?
आ पूछलन कि प्रधानमंत्री भठियरपन आ महँगाई प काहे गुम्मी सधले बाड़न. नरेन्द्र मोदी गुजरात के खेडा जिला के बालासीनोर मे एगो मुस्लिम ट्रस्ट के बनावल अस्पताल के उद्घाटन करत ई बात कहलन. कहलन कि मँहगाई आ भठियरपन का खिलाफ कड़ा कदम उठवला का जगहा प्रधानमंत्री इतिहास आ भूगोल के बात करत बाड़े.
कहलन कि देश जानल चाहत बा कि ओकरा इतिहास आ भूगोल मे बदलाव ला आखिर के जिम्मेदार बा. जवना गाँव में प्रधानमंत्री जनमले आजु उ गाँव पाकिस्तान में काहे बा. एगो बड़हन हिस्सा प चीन कब्जा कइले बा आ ई कब्जा कांग्रेसे राज का दौरान कइलसि.