web analytics

बिहार आंतकवादियन के गढ बन गइल बा, कहलन रामेश्वर चौरसिया

गाजीपुर 10 नवम्बर (वार्ता) भाजपा के राष्ट्रीय मंत्री रामेश्वर चौरसिया बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर निशाना साधत कहले कि बिहार आतंकियन के गढ बन गइल बा.

एहिजा भाजपा कार्यकर्तन के संबोधित करत चौरसिया कहलन कि उत्तर प्रदेश में नरेन्द्र मोदी के हवा देख सगरी गोल बउरा गइल बाड़ी सँ. बहराईच रैली में मोदी प्रदेश के किसानन के दर्द उठवलन त एहिजा के सत्तारुढ सपा का साथही बसपो के नेता बउरा गइले.

पटना के हुंकार रैली में भइल बम धमाकन के चरचा करत चौरसिया के कहना रहे कि का अब रैली आतंकवाद के साया में होखल करी. कहलन कि केन्द्र आ राज्यसरकार के खुफिया विभाग का करत बा.

नीतीश कुमार का बारे में चौरसिया कहलन कि नीतीश बिना बुद्धि वाला मुख्यमंत्री हउवे आ बुझात नइखे कि बिहार के चलावत कइसे बाड़न काहे कि पिछला एक साल में बिहार आतंकियन के गढ बन गइल बा. देश में कतहियों ब्लास्ट होखे त ओकर आरोपी बिहार के चम्पारण, मधुबनी, आ दरभंगा से पकड़ात बाड़न स.

 350 total views,  5 views today

%d bloggers like this: