web analytics

रमन सिंह कांग्रेस के ललकरले कि उ अजीत जोगी के मुख्यमंत्री उम्मीदवार घोषित क देव

रायपुर 10 नवम्बर (वार्ता) छत्तीसगढ के मुख्यमंत्री रमन सिंह कांग्रेस के ललकरले कि उ अजीत जोगी के मुख्यमंत्री उम्मीदवार घोषित क देखावे.

डा. रमन सिंह पत्रकारन से कहलन कि कांग्रेस अबही ले आपन मुख्यमंत्री उम्मीदवार घोषित नइखे कइले जेहसे लोग तुलना नइखे कर पावत. कहलन कि कांग्रेस अपना ओह नेता के सामने ले आवे जे पहिले एहिजा के मुख्यमंत्री रहल. इशारा जोगी का ओर रहल.

झीरम घाटी के नक्सली घटना का बारे में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आ कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी के दीहल बयान पर पलटवार करत रमन सिंह कहलन कि के रहे जे स्वं नन्द कुमार पटेल के मुख्यमंत्री उम्मीदवार घोषित ना करे देत रहल आ के खुदे मुख्यमंत्री के दावेदार रहल. एकर जांच करा लीहल जाव त सगरी साँच सामने आ जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: