राहुल के दीहल फार्मूले पर अमल ना भइल राजस्थान में
November 11, 2013
जयपुर 10 नवम्बर (वार्ता) राजस्थान मे अगिला एक दिसम्बर के होखे वाला विधानसभा चुनाव ला पैराशूट उम्मीदवार ना उतारे के राहुल के फार्मूला पर अमल नइखे होखत.
काल्हु जारी सूची में मालपुरा से दू बेर हारल प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष डा.चन्द्रभान के मौजूदा विधायक रीटा चौधरी के टिकट काट के मंडावा से टिकट दीहल गइल बा. एही तरह हालही में पार्टी में शामिल पहिले विधायक रहल गोविन्द्र मेघवाल खाजूवाला के टिकट दीहल गइल बा, इहो पैराशूट प्रत्याशी हउवे. संसदीय सचिव राजेन्द्र विधूडी के बाहरी होखला का चलते स्थानीय विरोध का बावजूद बेगू से टिकट दीहल बा. बसपा से आइल रमेश मीणा के सपोटरा से आ दू बेर हारल मीनाक्षी चन्द्रावत के झालरापटन से उतारल गइल बा. बाहरी संजय गूर्जर के खानपूर से, अमीन कागजी के किशनपोल बाजार से आ संजय बाफना के सांगानेर से टिकट दीहल गइल बा.