Go to ...
RSS Feed

शस्त्र दुकान से असलहा चोरी


जौनपुर 10 नवम्बर (वार्ता) जौनपुर नगर कोतवाली के एगो शस्त्र दुकान के शटर काट के चोर छह गो रिवाल्वर, एगो पिस्टल, कुछ कारतूस आ बीस हजार रुपिया नगद चोरा ले गइले.

पुलिस बतावत बिया कि पोलिटेक्निक चौराहा पर जयहिन्द गन हाऊस मे काल्हु देर रात शटर काटके ई चोरी भइल. दुकान थाना से महज सौ मीटर का दूरी प बा.

घटना के जानकारी तब भइल जब दुकान मालिक दुकान खोले अइलन. एह बारे में मामिला दर्ज करा दीहल बा आ पुलिस छानबीन करत बिया.

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: