Go to ...
RSS Feed

अन्हरा पुल चौडा करे के काम 15 दिसम्बर से


वाराणसी 11 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी शहर के जाम से मुक्ति दिआवे ला अन्हरापुल के चौड़ा करे के काम 15 दिसम्बर से शुरु कइल जाई.

लोकलेखा समिति के अध्यक्ष आ वाराणसी से भाजपा सांसद डा. मुरली मनोहर जोशी एह काम ला अपना सांसद निधि से एक करोड रुपिया दिहले बाड़न आ कहले बाड़न कि जरूरत पड़ला पर अउरी धन दीहल जाई.

एह काम के पूरा होखे में करीब साढ़े तीन करोड़ रुपिया लागी आ बन गइला प वरुणा पार समेत आजमगढ, गाजीपुर, बलिया आ मऊ जिला से आए जाए वाला लोग के रोज लागे वाला जाम से मुक्ति मिल जाई.

Tags: ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: