Go to ...
RSS Feed

अपना बापे का तरह बॉलीवुड मे पहचान बनावल चाहत बाड़न लव सिन्हा


मुंबई 13 नवंबर (वार्ता) बालीवुड के नयका अभिनेता लव सिन्हा फिल्म इंडस्ट्री में अपना पिता शत्रुध्न सिन्हा जइसने मुकाम बनावल चाहत बाड़े.

लव कहलन कि उनकर पिता के मनसा ब कि हम खुद आपन पहचान बनाईं. ई ना कि काम पावे खातिर अपना पिता से फोन करवाईं.

कहलन कि फिल्म स्टार के संतान होखला के नुकसानो देखे के मिलेला. लोग सोचेला कि रउरा हमेशा सब कुछ आसानी से मिल जाला बाकिर बास्तव में अइसन होला ना.

साल 2010 मे रिलीज “सदिया” के बाद लव सिन्हा एक बेर फेरू बालीवुड मे वापसी करत बाड़न आ “ओ माई गाड” फेम उमेश शुक्ला के निर्देशन मे बनत एगो फिलिम में काम करत बाड़े. ई फिलिम एगो राजनीतिक थ्रिलर ह जवना के शूटिग अगिला साल मार्च से शुरू होखी.

Tags: ,

More Stories From मनोरंजन

%d bloggers like this: