चुनावी चंदा के कवनो जाँच ला तइयार बिया एएपी

नयी दिल्ली. 11 नवम्बर (वार्ता) अरविंद केजरीवाल के पार्टी एएपी के कहना बा कि पार्टी के मिलल चंदा के सरकार जवन जाँच चाहे तवन करवा लेव.

केजरीवाल के पार्टी के कहना बा कि एकरा साथही बाकिओ दल के मिलल चंदा के जाँच करवा लीहल जाए. अगर अइसन नइखे होत त बुझल जाई कि एएपी का खिलाफ कांग्रेस आ भाजपा मिल के काम करत बाड़े.