नई दिल्ली 11 नवंबर (वार्ता) छत्तीसगढ के 18 गो विधानसभा सीट ला भइल मतदान में नक्सलियन के धमकी का बावजूद 67 फीसदी से अधिका वोट डालल गइल.
निर्वाचन उपायुक्त आर बालाकृष्णन बतवलन कि माओवादियन के धमकी का बावजूद वोटर में जबरदस्त उत्साह देखल गइल. विस्फोट आ छिटपुट गोलीबारी का बीच 67 फीसदी वोट पड़ल.
हालांकि दंतेवाडा मे माओवादियन के गोलीबारी से केन्द्रीय रिजर्व पुलिस के एगो जवान के मौत हो गइल. अंतागढ विधानसभा क्षेत्र के दू गो मतदान केन्द्र पर जबरदस्त गोलीबारी का चलते पोलिंग पार्टी ना चहुँप सकल. एहिजा बाद में वोट डलवावल जाउ.
266 total views, 5 views today