मुजफफंरनगर 11 नवम्बर (वार्ता) सहारनपुर जिला के देवबंद मे भडकाऊ भाषण देबे का आरोप मे मुजफ्फंरनगर जेल में बंद भाजपा विधायक संगीत सोम के अदालत से जमानत मिलला का बाद आजु रिहा क दीहल गइल.
जान जाईं कि मेरठ जिला के सरधना विधानसभा सीट से भाजपा विधायक संगीत सोम का खिलाफं देवबंद पुलिस 17 जुलाई का दिने मानकी मंदिर पर आयोजित एगो हिंदू पंचायत में भडकाऊ भाषण देबे, पुलिस पर हमला करे आ धारा 144 लाँघे के आरोप लगा के मामिला दर्ज कइले रहुवे.
एहसे पहिले सोम पर लगावल रासुका हटा ले बे के पड़ल रहे.
294 total views, 5 views today