web analytics

जमीन के झगड़ा में एगो नवही के पीट पीट के मुआ दीहल गइल

देवरिया 11 नवम्बर (वार्ता) देवरिया जिला के गौरीबाजार इलाका में अतवार देर साँझ जमीन के झगड़ा ले के भइल मारपीट में एगो नवही के लाठियन से पीट पीट के मुआ दीहल गइल. चार गो अउरिओ लोग घाहिल भइल बा.

पुलिस बतावत बिया कि अमारी झुंगा निवासी सुरेन्द्र यादव आ भीमल यादव में पटिदारी के झगड़ा चलत रहुवे. जवना पर पंचायत क के दुनु जने के दू दू कट्ठा जमीन दे दीहल गइल रहे. अपना जमीन मे कटरैन बढावे के बात ले के सुरेन्द्र यादव अपना भाई सीताराम संगे जब पटिदारन से पूछे गइल त दुनु फरीक में गारी गलौज होखे लागल.

मामिला बढला पर भीमल यादव समेत आधा दर्जन लोग एह दुनु भाईयन पर हमला क दीहल. घवाहिल हो के सीताराम त जान बचा के भाग निकलल बाकिर ओकर चालीस साल उमिर के भाई सुरेन्द्र यादव के घेर के पिटाई क के मुआ दीहल गइल.

घटना का बाद अइसन दहशत पसरल कि कई घंटे ले लोग लाश का लगे ना चहुँपल. चार घंटा बाद पुलिस अधीक्षक के पहुंचला का बादे लोग ओहिजा गइल. पुलिस हत्या के मुकदमा दर्ज क के आरोपियन के खोजत बिया.

हमलावर परिवार समेत पराइल बाड़े स.

 360 total views,  5 views today

%d bloggers like this: