web analytics

ट्रक आ मोटरसाईकिल के टक्कर से दू गो नवहियन के मौत

छपरा 14 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के बनियापुर थाना इलाका के मुस्लिमपुर गांव का नियरा काल्हु देर रात एगो ट्रक आ मोटरसाईकिल के टक्कर से दू गो नवहियन के मौत हो गइल.

पुलिस बतावतिया कि जनता बाजार इलाका के बसही गांव के तीस बरीस के दीपक कुमार आ बाइस बरीस के सोनू काल्हु देर रात एगो समारोह मे शामिल होखला का बाद मोटरसाईकिल से घरे लवटत रहले जब मुस्लिमपुर गांव के नियरा सामने से आवत एगो ट्रक के चपेटा मे आ गइल लोग. एह हादसा में दुनु जने के मौत ओहिजे हो गइल.

दुर्घटना का बाद ड्राइवर ट्रक लेके परा गइल.

 234 total views,  10 views today

%d bloggers like this: