निर्वाचन आयोग नरेन्द्र मोदी के नोटिस भेजलसि
November 14, 2013
नयी दिल्ली . 13 नवंबर (वार्ता) कांग्रेस के चुनाव चिह्न का बारे में नरेन्द्र मोदी के एगो टिप्पणी का बारे में चुनाव आयोग उनका के नोटिस भेजले बिया.
एह नोटिस के जवाब देवे ला 16 नवंबर के साँझ पांच बजे तक के समय दीहल गइल बा.
कांग्रेस आयोग से ओरहन कइले बिया कि मोदी ओकरा चुनाव चिह्न पंजा के खूनी पंजा आ जालिम हाथ बतवले बाड़न.