काठमांडू.12 नवम्बर (रायटर) नेपाल के संविधान सभा चुने खातिर होखे वाला 19 नवंबर के वोट ला चुनाव प्रचार जोर पकड़ लिहले बा. हर राजनीतिक गोल के नेता वोटरन के अपना गोले बझावे ला जीतोड मेहनत करत बाड़े. एह काम में खास क के तीनो प्रमुख गोल संविधान सभा मे आपन बहुमत बनावल चाहत बाड़ी स. देश के पहाड़ी इलाका, घाटी आ मैदानी इलाका तीनो जगहा घरे घरे जा के वोटरन से संपर्क साधल जाता.
एह चुनाव में खास बात ई बा कि तीनो बड़का गोल, यूनाइटेड कम्युनिस्ट पार्टी आफ नेपाल माओवादी, नेपाली कांग्रेस, अउर कम्युनिस्ट पार्टी नेपाल आपन आपन बहुमत आवे के दावा करत बाड़े बाकिर एक दोसरा के विरोध में नइखन बोलत.
199 total views, 5 views today