वाराणसी 11 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी मे सोमार का दिने कुछ नकाबपोश बदमाश कैण्ट इलाका के नयी बस्ती मे लागल बैक आफ बडौदा के एटीएम लूट लिहले.
पुलिस बतावत बिया कि पहिले ओहिजा तैनात गार्ड सुभाष जायसवाल के हाथ गोड़ बान्ह के स्टोर रुम मे डाल दिहले स. एटीएम उखाडे के कोशिश जब सफल ना भइल साढ़े पाँचे हजार रुपिया लूट पवले स बदमाश आ एगो बड़हन लूट के घटना होखत होखत बाँच गइल.