पटना 12 नवम्बर (वार्ता) 15 नवंबर से 11 मार्च का बीच सगरी बिहार में अलग अलग सभा करे के तय कइले बिया भाजपा जवना के गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदीओ संबोधित करीहें.
एह बात के जानकारी देत भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडे कहलन कि एह मीटिंगन ला नरेन्द्र मोदी से सहमति ले लीहल गइल बा. अबहीं ले एकनी के जगहा आ तारीख तय नइखे भइल.
सगरी विधायकन आ बड़का नेता लोग से आपन आपन राय देबे के कहल गइल बा जवना का बाद पार्टी फैसला करी.
312 total views, 2 views today