web analytics

बीएसएनएल के कबाड़ में लागल आग से लाखो के संपत्ति स्वाहा

छपरा 12 नवम्बर (वार्ता) छपरा में बीएसएनएल के कबाड़खाना में आजु आग लगला से लाखो रूपिया के तार जर के राख हो गइल.

पुलिस बतवलसि कि छपरा के प्रभुनाथ नगर में बीएसएनएल के प्रबंधक कार्यालय का पीछे बनावल कबाड़खाना मे आजु सँझिया अचके आग लाग गइल जवन देखते देखत विकराल रूप ध लिहलसि, एह आग में लाखो रुपिया के नया आ पुरान तार के सैकड़ो बंडल जर के बरबाद हो गइल.

दमकल विभाग एक घंटा के कड़ा मेहनत का बाद आग पर काबू पवलसि. आग काहे भा कइसे लागल से पता नइखे चलल.

 193 total views,  5 views today

%d bloggers like this: