web analytics

भाजपा.जदयू के बीच नूरा कुश्ती होखे के बात कहली राबड़ी देवी

पटना 12 नवम्बर (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ राजद नेता राबड़ी देवी आरोप लगवले बाड़ी कि जरत समस्यन से लोग के धेयान हटावे ला जदयू आ भाजपा का बीच नूरा कुश्ती होखत बा.

कहली कि ई दुनु गोल मिल के बिहार के सरकारी खजाना लूटे के काम कइले बाड़ी स. आ एगो सोचल समुझल रणनीति का हिसाब से दुनु जनता के भरमावे में लागल बाड़ी स. कहली कि बाबरी मस्जिद गिरावे के आरोपी लालकृष्ण आडवाणी के नीतीश कुमार आपन आदर्श मानेले. जब केन्द्र मे रेल मंत्री रहले तवना घरी गुजरात जा के नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी के नेवतले रहले कि आई देश के सेवा करे.

 358 total views,  2 views today

%d bloggers like this: