नयी दिल्ली. 11 नवम्बर (वार्ता) दिल्ली मे 15 साल से सत्ता से दूर रहल भाजपा अबकी बेर जीते ला बड़हन अभियान चलावत बिया. एह ला नया से नया तरीका इस्तेमाल करत बिया.
सोमार का दिने एही क्रम मे दिल्ली प्रदेश भाजपा के कार्यालय से 3 डी वर्चुअल लाइव रथ के रवाना कइल गइल. एह रथ के खासियत बा कि एकरा स्क्रीन पर भाषण देबे वाला का फोटो का साथही सामने खड़ा लोग ओकरा संगे खड़ा नजर आई. एकर बढ़िया असर होखे के उमेद बा. दिल्ली में पहिला बेर कवनो पार्टी एह तरह के तरीका आजमावत बिया.
एह मौका पर विजय म्लहोत्रा के कहना रहे कि दिल्ली में भाजपा दू तिहाई बहुमत ले के जीती.