Go to ...
RSS Feed

भारत वेस्टइंडीज के 182 पर लुढका दिहलसि


मुंबई. 14 नवंबर (वार्ता) मास्टर ब्लास्टर सचिन तेंदुलकर के 200 वां टेस्ट मैच खेले उतरल भारत के क्रिकेट टीम वेस्ट इंडीज के पहिलका पारी मे महज 182 रन प लुढ़का दिहलसि. एहमें रविचंद्रन अश्विन .45 रन दे के तीन विकेट आ प्रज्ञान ओझा 40 रन दे के पांच. विकेट लिहले.

कोलकाता के ईडन गार्डन मे महज तीने दिन मे मैच जीत लेबे वाली भारतीय टीम मुंबई के वानखेडे स्टेडियम के सचिनमय माहौल के बीच बेहतरीन गेदबाजी आ फील्डिग के बदौलत 55.2 ओवर मे 182 रन के मामूली स्कोर पर ढेर क दिहलसि..

मैच शुरु होखे से पहिले खास के ढालल गइल सचिन के तस्वीर वाला सिक्का से कप्तान महेद्र सिंह धोनी टॉस कइले आ टॉस जीत के पहिले फील्डिंग करे के फैसला कइले. धोनी के फैसला सही साबित भइल आ अबकिओ वेस्टइंडीज कें तूफानी बल्लेबाज क्रिस गेल फ्लाप हो गइले,

क्रिकेट इतिहास मे पहिला हाली अपना जर्सी बदल के ओहपर सचिन रमेश तेंदुलकर 200 टेस्ट के नाम लिखल जर्सी पहिरले रहुवन खिलाड़ी. बाद में खेले उतरल भारत के टीम अपना पहिला पारी में दू विकेट के नुकसान प 157 बना लिहलसि. एहमें तेंदुलकर आ चेतेश्वर पुजारा (नाबाद 34) अबले तीसरका विकेट ला नाबाद 80 रन के साझेदारी कइले बाड़न आ सचिन अड़तीस रन बना के नाबाद बाड़े. एहसे दर्शक लोग उम्मीद लगवले बा कि काल्हु सेंचुरी लगइहे.

Tags: , ,

More Stories From खेल

%d bloggers like this: