Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

मामा किहाँ से रुपयवा आइल रहे का, पूछले मोदी


बेमेतरा, छत्तीसगढ. 14 नवम्बर (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार आ गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी छत्तीसगढ़ में चुनावी सभा में बोलत कांग्रेस के आडे हाथ लेत चुनौती दिहले कि कांग्रेस छत्तीसगढ मे चुनाव से पहिले मुख्यमंत्री के उम्मीदवार घोषित करे.

मोदी पूछलन कि कांग्रेस एह बात के लुकावत काहे बिया कि जीतला प केकरा के मुख्यमंत्री बनाई, अगर एह बारे मे स्टिंग आपरेशन होखो त अजीत जोगी के नाम सामने आ जाई बाकिर पार्टी एह नाम के लुकवले काहे बिया?

कहलन कि आखिर कवन पाप के बात बा कि बनावे ला त तइयार बानी बाकिर बतावे ला ना. का एहले कि छत्तीसगढ के लोग का लगे जोगी के करिया चिठ्ठा मौजूद बा. एक तरफ छत्तीसगढी त दोसरा ओर धोखाधडी!

नरेन्द्र मोदी कहलन कि प्रधानमंत्री, मैडम सोनिया आ शहजादा बेर बेर केन्द्र से राज्य के रुपिया देबे के बात कह के जनता के अपमान करत बा लोग. पूछलन कि का ई रुपिया मामा किहाँ से आइल रहुवे.

मोदी कहलन कि कांग्रेस मुफ्त चावल देबे के कहत बिया त बतावे कि कवना राज्य में देत बिया आ नइखे देत त काहे नइखे देत. कांग्रेस के इहो बतावे के चाहीं कि कांग्रेस शासन वाला कवना राज्य में चौबीसो घंटा बिजली मिलत बा.

Tags: ,

%d bloggers like this: