web analytics

मिड डे मील हादसा में अर्जुन राय के झूठ पकडाइल

छपरा 13 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के मशरख के गंडामन गांव के प्राथमिक विद्यालय मे जहर वाला मिड डे मील खा के तेइस बचवन के मौत के आरोपी ओह घरी के प्रधानाध्यापिका मीना देवी के बचावे ला मीना देवी के पति अर्जुन राय के झूठ पकड़ा गइल.

पुलिस अधीक्षक वरूण कुमार बतवले कि अर्जुन राय के आवाज के सीडी गुजरात के अहमदाबाद में रक्षा शक्ति विश्वविद्यालय में जांच ला भेजल रहे. ओहिजा से रिपोर्ट आइल बा कि अपना पत्नी के बचावे ला अर्जुन राय गलत बयानी कइले बाड़े.

पुलिस अधीक्षक बतवले के सत्तर पन्ना के ई रिपोर्ट अदालत में पेश कइल जाई. बतवलन कि जब पालिग्राफी टेस्ट करावे से अर्जुन राय मना क दिहले त एलबीए टेस्ट करावल गइल.

 430 total views,  2 views today

%d bloggers like this: