web analytics

मोदी वाराणसी से चुनाव ना लड़ीहें, कहलन राजनाथ

मिर्जापुर 14 नवम्बर. भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष राजनाथ सिंह आजु साफ क दिहले कि नरेन्द्र मोदी वाराणसी से चुनाव ना लड़ीहें आ एहिजा से डा॰ मुरली मनोहर जोशीए लड़ीहें.

चीन संगे प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के कइल सीमा समझौता के धोखा बतावत कहलन कि एकरा के रद्द क देबे के चाहीं. इहो कहलन कि भाजपा के सरकार बनते चीन के नत्थी वीजा देबे के आदत छूट जाई काहे कि तब भारतो तिब्बत के लोग ला नत्थी वीजा जारी करे लागी.

वंशवाद पर भाजपाध्यक्ष के कहना रहे कि अगर नेता पुत्र भा पुत्री कुछ दिन ले पार्टी के काम कइले होखे त ओकरा के सामने ले आवल गलत ना कहाई बाकिर सीधे केहू के चुनाव में उतार दीहल भा मंत्री बना दीहल गलत होला.

राजनाथ सिंह एहिजा अपना धार्मिक दौरा प आइल रहले बाकिर उनुका आवे के भनक लागते भीड़ जुट गइल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: