नयी दिल्ली।3 नवंबर (वार्ता) दिल्ली ला भाजपा के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार हर्षावर्धन दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के भद्र आ सौम्य महिला बतावत कहलन कि उ शीला के सम्मान करेलें आ अगर केहू कहे कि राजनीति करे ला उ आपन तमीज छोड देस त ई उनका मंजूर नइखे.
हर्षवर्धन इ बात तब कहलन जब उनुका से पूछल गइल कि शीला दीक्षित के प्रशंसक होखला का बादो उ उनुका के चुनौती कइसे दीहें. हर्षवर्धन पर एएपी के अरविंद केजरीवाल के आरोप बा कि हर्षवर्धन हमेशा शीला दीक्षित के तारीफ करत रहेले.
कहलन कि एगो किताब के विमोचन के मौका प कहले रहले कि शीला बहुते आगे जइहें आ केन्द्र में मंत्री बनीहे आ उपराष्ट्रपतिओ बन सकेली. कहे के मतलब इ रहे कि उनुका दिल्ली के राजनीति से आगे निकले के चाहीं,
पूछला प कि अतना कुशासन आ बदहाली का बावजूद शीला दीक्षित पंद्रह साल से मुख्यमंत्री कइसे बाड़ी, हर्षवर्धन कहलन कि हम त एकरा के उनुकर किस्मते कहब.
406 total views, 2 views today