राजस्थान विधानसभा चुनाव ला करीब तीन हजार परचा दाखिल
November 14, 2013
जयपुर 12 नवम्बर (वार्ता) चुनाव विभाग से मिलल जानकारी बा कि विधानसभा चुनाव ला अबही ले 2979 उम्मीदवारो 4026 गो परचा दाखिल कइले बाड़े. परचा दाखिल कर के आजु आखिरी दिन रहुवे.
परचा दाखिल करे वाला उम्मीदवार 16 नवम्बर ले आपन नाम वापस ले सकीहें. वोट एक दिसम्बर के पड़ी आ आठ दिसम्बर के गिनाई.