Go to ...
RSS Feed

वाराणसी मे अंग्रेजन के जमाना वाला मकान गिरवावे पर रोक


इलाहाबाद 11 नवम्बर (वार्ता) इलाहाबाद उच्च न्यायालय वाराणसी के महमूरगंज में सैकडन साल पुरान मकान के गिरावे प रोक लगा दिहले बिया. सड़क चौड़ा करे ला एह मकान के गिरावे के योजना बा.

न्यायमूर्ति वी.के. शुक्ल आ न्यायमूर्ति सुमित कुमार के खण्डपीठ सुरेन्द्र प्रसाद खन्ना आ अउरिओ लोग के याचिका पर ई आदेश दिहले बिया.

याची के कहना बा कि पीडब्ल्यूडी रथयात्रा मार्ग चौडा करे ला उनुका बंगला के दस फीट लेत बिया. जबकि ई मकान उनकर पूर्वज ब्रिटिश काल में अनुराग भवन के नीलामी में खरीदले रहले. मकान लखौटी ईंटा से बनल बा आ कवनो तरह के अतिक्रमण नइखे भइल.

Tags:

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: