web analytics

सिटिंग प्लाजा तूड़े के विरोध कइलसि बसपा

वाराणसी 13 नवम्बर (वार्ता) वाराणसी मे शुरू भइल गंगा महोत्सव कार्यक्रम ला संत रविदास घाट पर बनल सिटिंग प्लाजा तूड़ला के जबरदस्त विरोध कइले बिया बसपा.

पहिले मुख्यमंत्री रहल मायावती से धार्मिक नगरी वाराणसी के मिलल सौगात संत रविदास घाट पर 25 लाख रुपिया से अधिका के खरचा प बनल एह सिटिंग प्लाजा के काल्हु जिला प्रशासन बुलडोजर लगा के तुडवा दिहलसि.

प्रशासन के कहना बा कि लोग गंगा महोत्सव के सांस्कृतिक कार्यक्रम आसानी से देख सको एह ला सिटिंग प्लाजा के गिरवा दीहल गइल.

 116 total views,  5 views today

%d bloggers like this: