Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

हैट्रिक बनल त कांग्रेस कबो लवट ना पाई सत्ता में, कहलन शिवराज


मुरैना 13 नवंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान कांग्रेस पर हमला बोलत कहलन कि अगर प्रदेश मे भाजपा जीत के हैट्रिक बना लेत बिया त फेर कांग्रेस कबो सत्ता मे वापिस ना लवट पाई.

मुरैना में अनेके जनसभा में बोलत शिवराज के कहना रहे कि हैट्रिक बनावे ला जनता के आशीर्वाद चाहीं आ अगर तिसरको बेर सरकार बना लीहें त मध्य प्रदेश से कांग्रेस के हमेशा ला सफाया हो जाई.

कांग्रेस उनुका के घोषणावीर कहत बिया एह बात पर चुटकी लेत कहलन कि घोषणा त वीरे करेले, कांग्रेस अपना घोषणापत्र मे गरीबन के मुफ्त अनाज देवे के वादा करत बिया त पहिले साल ले सरकार चलवला घरी एह बात के धेयान काहे ना रहल.

Tags: ,

%d bloggers like this: