सोनपुर .सारण. 15 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के सोनपुर मे गंगा आ गंडक नदी के संगम पर लागे वाला एशिया के सबले बड़का हरिहर क्षेत्र पशु मेला शनिचर से शुरू होखी.
प्रदेश के राजस्व एवं भूमि सुधार मंत्री रमई राम एकर उद्घाटन करीहें. मेला के परम्परागत गँवई स्वरूप बरकरार राखतो एकरा के आधुनिक रूप देबे के पूरा कोशिश कइल गइल बा. विदेशी पर्यटकन ला 20 गो स्विस काटेज बनावल गइल बा. एक हफ्ता बाद एह काटेजन में देशो के लोग टिक सकी. पहिला हफ्ता एकरा के विदेशी लोगे ला राखल जाई.
पर्यटन विभाग मेला में हर साँझ बिहार के संस्कृति से जुड़ल कार्यक्रम आयोजित करी. हस्तशिल्प कला आ मधुबनी पेटिंग्स वगैरहो के प्रदर्शनी लगावल जाई.
278 total views, 5 views today