web analytics

जगदगुरू कृपालु महाराज के निधन

नयी दिल्ली.15.नवंबर (वार्ता) जगदगुरू कृपालु जी महाराज के आजु गुडगांव के एगो निजी अस्पताल मे निधन हो गइल.

9। बरीस क कृपालु जी महाराज पिछला कई दिन से कोमा में रहले आ गुड़गाँव के फोर्टिस अस्पताल में भरती रहले.

कृपालुजी महाराज अपना प्रतापगढ के आश्रम मे गिरला का बाद से दिमाग में खून भर गइला का चलते नीमबेहोश हो गइल रहले.

कृपालुजी महाराज जगदगुरू कृपालु परिषद के संस्थापक संरक्षक रहनी आ हिन्दू धर्म के शिक्षा आ योग सिखावे ला भारत मे चार गो आ अमेरिका मे एगो केन्द्र बनवले रहनी. वाराणसी के काशी विद्धत परिषद उनुका के चौंतीस बरीस का उमिर में मकर संक्रांति, 14 जनवरी 1957 के जगदगुरू के उपाधि दिहले रहुवे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: