web analytics

मुकदमा चलत बीमार कैदी के मौत

गोण्डा 14 नवम्बर (वार्ता) गोण्डा जिला जेल मे जालसाजी के मामिला मे बन्द एगो मुकदमा चलत कैदी रामरतन के जिला जेल में मौत हो गइल.

वरिष्ठ जेल अधीक्षक वी.एस यादव बतवले कि रामरतन तरबगंज इलाका के परसहना गांव के रहुवे आ जालसाजी अउर कुछ दोसरो धारा में मुकदमा चलला का दौरान न्यायिक हिरासत मे गोण्डा जेल में बंद रहुवे. ओकर तबियत अचके में खराब हो गइल त अस्पताल भेजल गइल जहाँ इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल.

 211 total views,  10 views today

%d bloggers like this: