लखनऊ 14 नवम्बर (वार्ता) मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कहला प प्रदेश के सरकारी डाक्टर आपन आन्दोलन रोक के रिले अनशन खतम क दिहले.
प्रान्तीय चिकित्सक सेवा संघ पीएमएस के अध्यक्ष डा.अशोक कुमार यादव आ महामंत्री डा. सचिन वैश्य बतवले कि ओह लोग का अगुवई में संघ के एगो शिष्ट मण्डल मुख्यमंत्री अखिलेश यादव से उनका सरकारी आवास पर भेंट कइलसि. एह दौरान मुख्यमंत्री भरोसा दिअवले कि प्रान्तीय चिकित्सा सेवा संवर्ग के चिकित्सकन के नियत समय पर तनखाह बढ़ावल जाई.
शिष्ट मंडल मुख्यमंत्री के बतवलसि कि चिकित्सक अपना बेंवत से कई गुना अधिका काम करत बाड़े.