मोतिहारी 15 नवम्बर (वार्ता) नेपाल से सटल सीमा प पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल इलाका से पुलिस एगो संदिग्ध महिला के हिरासत मे लेके पूछताछ करत बिया.
पूर्वी चंपारण के पुलिस अधीक्षक विनय कुमार बतवले कि नेपाल के सीमा से सटल रक्सौल इलाका के कोईरिया टोला से एगो औरत के संदिग्ध हालात में हिरासत में ले लीहल गइल आ ओकरा से पूछताछ कइल जात बा बाकिर ऊ कुछ बतावत नइखे.
पुलिस ई पता लगावे में लागल बिया कि कुछ बतावत काहे नइखे. हालांकि आपन नाम उ निशा वल्द मुर्तजा मियां साकिन वालीम पाकिस्तान लिखके दिहले बिया.
387 total views, 2 views today