मुंबई. 15 नवंबर (वार्ता) देशे ना दुनिया भर के खास शख्स बन चुकल सचिन तेदुलकर के उनका क्रिकेट करियर के 200वां आ आखिरी टेस्ट में आउट क के वेस्टइंडीज के गेदबाज नरसिंह देवनारायण के नामो इतिहास के पन्ना मे दर्ज हो गइल.
30 बरीस के नरसिंह देवनारायण खातिर उनका करियर के सबसे यादगार मैच शायद इहे रही कि ऊ दुनिया के महान क्रिकेटर सचिन तेदुलकर के उनका आखिरी मैच मे 74 के स्कोर पर आउट कइले रहले आ उनका के शतक बनावे से रोक के एगो नया इतिहासो बनावे से रोक दिहले.
सचिन से सभका उम्मीद रहुवे कि ऊ अपना आखिरी टेस्ट में शतक बनावे के उपलब्धि अपना नामे करीहें. मास्टर ब्लास्टर के आउट होखते खचाखच भरल वानखेडे स्टेडियम में आ दुनिया भर मे टीवी पर देखत दर्शकन के ठकुआ मार दिहलसि.
173 total views, 5 views today