web analytics

सात लोग के जहर खिया के लाखो के सामान लूट लिहले जहर खुरान

गाजीपुर 15 नवम्बर (वार्ता) गाजीपुर जिला के कासिमाबाद मे जहर खुरान रसूलपुर गांव मे एके परिवार के सात लोग के नशीला लड्डू खिआ के बेहोश क दिहले आ घर से लाखो के सामान लूट ले गइले.

पुलिस बतावत बिया कि जहरखुरान गिरोह के दू गो सदस्य ओझा सोखा बनके इन्द्रदेव यादव के घरे अइले आ घर के मुखिया साठ बरीस के इन्द्रदेव समेत परिवार के सात बेकत के प्रसाद का नाम प लड्ड खिआ दिहले स. लड्डू खइला का बाद सातो जने बेहोश हो गइले जवना का बाद सामान लूट के परिवारे का मोटरसाइकिल ले के भाग गइले स.

घटना के जानकारी मिलला प पहुंचल पुलिस गांव वालन के मदद से बेहोश लोग के अस्पताल में भरती करा दिहलसि. पुलिस बतावत बिया कि ट्रेन मे आवत घरी इन्द्रदेव के एहनी से भेंट भइल रहे. उ अपना बेटी के परेशानी बतवले त ऊ झाड फूंक के इलाज करावे के बात कहले स. इन्द्रदेव के घर के पता लेके उ रसूलपुर आ गइले स. एहिजा इन्द्रदेव के एटीएम कार्ड से दस हजार रुपिया झांड फूंक का नाम प निकलववले सँ आ कासिमाबाद बाजार से लड्डू वगैरह खरीदले स आ रात में झाडफूंक क के प्रसाद का नाम प जहरीला लड्डू खिया के लूट ले गइले स.

 158 total views,  5 views today

%d bloggers like this: