web analytics

अतरवलिया में बनत बा सचिन के मंदिर

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी अपना गाँव कैमूर जिला के अतरवलिया में क्रिकेट के भगवान सचिन तेंदुलकर के मंदिर बनवावत बाड़े.

एह मंदिर में आजु सचिन के मूर्ति के “प्राण प्रतिष्ठा” करावल जाई. एह मंदिर बनवावे में मनोज तिवारी सत्तर लाख रुपिया लगवले बाड़े. एह मंदिर में सचिन का साथही कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी आ युवराजो सिंह के मूर्ति लगावल जाई.

एह बारे में मनोज तिवारी के कहना बा कि एह मंदिर से नवहियन में खेल में रुचि बढ़ी आ उहो महान खिलाड़ी बने के कोशिश करीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 364 total views,  4 views today

%d bloggers like this: