सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे फेरू अरविंद केजरीवाल ले के कुछ सवाल उठवले बाड़न बाकिर इहो कहलन कि अरविंद केजरीवाल उनकर दुश्मन ना हउवें बाकिर उनका नाम के गलत इस्तेमाल मत होखो.
अपना गांव रालेगण सिद्धी में मीडिया से बतियावत अन्ना कहलन कि उनका नाम के गलत इस्तेमाल होखत बा, आम आदमी पार्टी काहे दावा करत बिया कि 29 दिसंबर के दिल्ली में अन्ना वाला जनलोकपाल बिल लागू कइल जाई. एकरा अलावे अन्ना अपना नाम पर बेचाइल सिम कार्ड के सवाल फेरू उठवले.
अरविंद केजरीवाल का बारे में अन्ना के कहना रहल कि अरविंद के चरित्र ठीक बा बाकिर रहन ठीक नइखे.