नेपाल में संविधान सभा के चुनाव खातिर नेपाल के सवा करोड़ मतदाता आजु अपना वोट के इस्तेमाल करीहें.
आजु मंगल 19 नवंबर से वोटिंग के शुरूआत हो गइल बा. एह वोटिंग में देश के कुल 122 गो राजनीतिक गोल आपन उम्मीदवार संविधान सभा के 601 गो सीटन ला खड़ा कइले बाड़े. जीतल प्रतिनिधि देश के नया संविधान बनइहें. पिछला बेर भइल चुनाव में केह के साफ बहुमत ना मिलल रहे आ कई गो जोड़ तोड़ वाला गठबन्हन बनली स बाकिर कवनो बहुमत ना जुटा पवली स आ संविधान तइयार करे के काम ना हो सकल.
317 total views, 2 views today