web analytics

नेपाल के चुनाव में नेपाली कांग्रेस के बढ़त बरकरार

काठमांडू 23 नवंबर (वार्ता) नेपाल के संविधानसभा खातिर भइल चुनाव के वोट गिनाइल चालू बा. अबही ले 98 गो सीट जीत चुकल नेपाली कांग्रेस सबले आगे बिया, दुसरका जगहा प 88 सीट जीते वाली नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी .ए.मा.ले. बिया आ तिसरका जगहा प एकीकृत नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी माओवादी बिया जवना के अबले 24 गो सीट मिलल बा.

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के नेता पुष्पकमल दहल प्रचंड काठमांडू से हरला का बाद दोसरका जगहा सिराहा पांच से 900 वोट से जीतल बाड़े.

मधेशी जनअधिकारी फोरम.नेपाल.लोकतांत्रिक के 04 गो सीट, तराई मधेश लोकतांत्रिक पार्टी के 03 सीट, राष्ट्रीय प्रजातंत्र पार्टी के 03 सीट, मधेशी जनअधिकारी फोरम के 02 सीट, नेपाल मजदूर किसान पार्टी, सद्भावना पार्टी, तराई मधेश सद्भावना पार्टी.नेपाल अउर स्वतंत्र पार्टी के एक एक गो सीट मिलल बा.

 318 total views,  2 views today

%d bloggers like this: