गोपालगंज 23 नवम्बर (वार्ता) गोपालगंज नगर थाना के श्याम सिनेमा रोड मे आजु भोर में भारतीय औद्योगिक विकास बैक :आईडीबीआई: के सहायक प्रबंधक स्नेहा सिंह गरदन में फँसरी लगा के जान दे दिहली.
अपर पुलिस अधीक्षक अनिल कुमार बतवले कि आईडीबीआई के मुख्य शाखा मे सहायक प्रबंधक के पद पर काम करे वाली पटना राजेन्द्र नगर के रहे वाली चौबीस बरीस के स्नेहा सिंह श्याम सिनेमा रोड पर एगो किराया के डेरा में रहत रही. फाँसी काहे लगवली ई अबही पता नइखे चलल.
379 total views, 4 views today