आजु सोमार के ईवीएम मे बंद हो जाई मध्यप्रदेश के फैसला

भोपाल 24 नवंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश में विधानसभा चुनाव खातिर वोट डलवावे के सगरी काम पूरा क लीहल गइल बा. सोमार का दिने चौकस सुरक्षा का बीच सबेरे साते बजे से वोट पड़ल शुरू हो जाई आ साँझ पाँच बजे ले चली.

एह चुनाव में अढ़ाई हजार से अधिका उम्मीदवारन के भाग्य के फैसला हो जाई.

मध्यप्रदेश के चुनाव ला अढ़ाई लाख से अधिका सुरक्षा बल के जवानन के लगावल गइल बा जे राज्य के करीब 54 हजार मतदान केन्द्रन के अपना अधिकार मे ले लिहले बाड़े. पोलिंग करावे वाला गोलो अपना अपना बूथ प चहुँप गइल बाड़े.

आजु आपन वोट डाले भारतीय जनता पार्टी के बड़की नेता आ लोकसभा में नेता प्रतिपक्ष सुषमा स्वराज स्पेशल विमान से दिल्ली से आ के वोट डलीहं. सुषमा स्वराज के वोट लक्ष्मीबाई कालेज परिसर में बनल बूथ प बा.