Go to ...
RSS Feed

इतिहास मे 24 नवम्बर


1874.. अमेरिका के जोसफ एफ ग्लिडेन कांटेदार तार के पेटेट करवलन.
1922.. इटली के ससंद बोनिटो मुसोलिनी के एक साल ला अधिनायकवादी सत्ता दिहलसि.
1926.. स्वतंत्रता संग्राम सेनानी महर्षि अरविन्दो पूर्ण सिद्धि पवले.
1944.. अमेरिकी बमवर्षक विमान टोक्यो पर हमला शुरु कइले.
1949.. ब्रिटेन में इस्पात आ लौह उद्योग के राष्ट्रीयकरण भइल.
1954.. फ्रांस 20 हजार सैनिकन के अल्जीरिया भेजलसि.
1966.. न्यूयार्क मे कोहरे से दम घुटला का चलते करीब चार सौ लोग मरलॆ
1969.. अंतरिक्ष यान अपोलो 12 धरती पर लवटल.
1972.. तब के सोवियत रुस भूमिगत परमाणु परीक्षण कइलसि.
1977.. गेराल्ड फोर्ड अमेरिका के 38 वा राष्ट्रपति बनले.
1986.. तमिलनाडु विधानसभाध्यक्ष सात गो विधायकन के निष्कासित कइले.
1988.. दल बदल कानून का तहत पहिला बेर तब के लोकसभा सांसद लालदुहोमा के निकालल गइल.
1992.. चीन मे भइल विमान दुर्घटना मे 141 लोग मरले.
2012.. गंगनम स्टाइल वीडियो एलबम यूट्यूब पर सबले अधिका बेर देखल जाए वाला वीडियो बनल.
(वार्ता के सौजन्य से)

Tags: ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: