web analytics

जमीन के झगड़ा में एक आदमी के मुआ दीहल गइल आ छ जने के घवाहिल

छपरा 23 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के बनियापुर इलाका के अमाव गांव मे जमीन खातिर भइल झगड़ा में एक आदमी के पीट पीट के मुआ दीहल गइल. छह जने घवाहिलो भइल बाड़े.

पुलिस सूत्र बतवले कि अमाव गांव के शब्बीर मियां के जमीन खातिर अपना पटीदारन से झगड़ा रहुवे. एही लेके आजु सबेरे दुनु फरीक का बीच पंचइती होत रहे जब में बाते बात में मारपीट होखे लागल आ पिटाई से शब्बीर मियां के मौत हो गइल. एह मारपीट में दुनु ओर मिला के छह जने घवाहिलो भइले जवना में दूगो औरतो बाड़ी स.

घाहिलन के छपरा सदर अस्पताल भेज दीहल गइल बा. पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.

 414 total views,  2 views today

%d bloggers like this: