web analytics

तरुण तेजपाल के जल्दिए गिरफ्तार करी गोवा पुलिस

नयी दिल्ली.23 नवम्बर (वार्ता) यौन शोषण के आरोप में घेराइल तहलका मुख्य संपादक तरूण तेजपाल के गिरफ्तार होखे के उमेद बढ़ गइल बा.

तहलके के एगो संवाददाता के यौन शोषण करे का मामिला में तरूण तेजपाल का खिलाफ केस लिख के दिल्ली आइल गोवा पुलिस तेजपाल के कबहियो गिरफ्तार क सकेले.
तेजपाल पहिले त आपन गलती सकारत बिना शर्त माफी मँगलन आ अब कहत बाड़ें कि महिला संवाददाता झूठ बोलत बिया आ उनका के फँसावे के कोशिश होखत बा.

अबले दोसरा के जीयल मुहाल करे वाला तरुण तेजपाल अब खुद कानून का जाल में अझुरा गइल बाड़न.

 375 total views,  2 views today

%d bloggers like this: