web analytics

पट्टीदारी के झगड़ा में एक आदमी के जान गइल

गोरखपुर 24 नवम्बर (वार्ता) गोरखपुर जिला के चौरीचौरा इलाका में आजु पट्टीदारी का झगड़ा में एक आदमी के पीट पीट के मुआ दीहल गइल. एह झगड़ा में पाँच जने घवाहिल हो गइले.

पुलिस बतावत बिया कि चौरीचौरा इलाका के रामुपुर गांव मे पचास बरीस के नीबू लाल अपना खेत में नाली बनावत रहल तबहिए ओकरा पट्टीदारी के छह जने ओहिजा चहुँप के झगड़ा करे लगले. बात बढ़ल त उ सब पीट पीट के नीबू लाल के मुआ दिहले आ ओकरा मेहरारू समेत छह लोग के घवाहिल क दिहले.

घवाहिलन के इलाज ला अस्पताल भेज के पुलिस पाँच गो आरोपियन के गिरफ्तार क लिहलसि.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: