पांच राज्य आ देश में होखे वाला चुनाव जन आंदोलन बन गइल बा, कहले मोदी

चितौडगढ 24 नवंबर (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेद्र मोदी के कहना बा कि पाच गो राज्य आ औकरा बाद होखे वाला देश के आम चुनाव चुनाव ना रह के जन आंदोलन बन गइल बा आ जनता कांग्रेस सरकार के हटावे ला एडी चोटी के जोर लगवले बिया.

आजु के चुनाव सभा में गरीबन के मजाक उड़ावत कांग्रेस के माथ नेतवन के निशाना बनावत मोदी कहलन कि उ सब गरीब के इंसान ना वोट बैक समुझेले ना त कवनो कारण ना रहे कि कांग्रेस गरीबन खातिर एतना निर्मोही होखीत.

आजु के सभा में पाँच बेर शहजादा के जिक्र करत मोदी के कहना रहल कि शाहजादा कहेले कि गरीब के बात ना बतियावसु त उनका मजा ना आवे. शाहजादा ला गरीब मजा के विषय हवे. कहलन कि गरीब का घरे कैमरा वालन के ले के जाले आ ओह गरीबन के थरिया उठा के ओकनी के खानो खा जाले.